भोरवे में नदिया नहाईला आदित मनाईला हो
बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो
(बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो) १
अस धरवाईब सईया अन्हरिया से बोझिल हो
बाबा अँगने में मांगीला अंजोर ई मथवा नवाईला हो
(बाबा अँगने में मांगीला अंजोर ई मथवा नवाईला हो) २
गजमोती चउका पुराईला अंचरा बिछाईला हो
बाबा अँगने में फूलवा तs लागेला फलवा न खाईला हो
(बाबा अँगने में फूलवा तs लागेला फलवा न खाईला हो) ३
ताना देके कहेले गोतीनिया ई बाँझ बा बहिनिया नु हो
बाबा सुनी सुनी बोलिया गोतीनिया मो लोरवा बहाईला हो
(बाबा सुनी सुनी बोलिया गोतीनिया मो लोरवा बहाईला हो) ४
चुप रहु धीर करूँ दुखिया ना सुन रही कोखिया नु हो
बस आजु के नव ये महिनावा होरिला मुस्काईला हो
(बस आजु के नव ये महिनावा होरिला मुस्काईला हो) ५
बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो
(बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो) ६